ना गंवई माटी के सुगंध बा
ना कही सोन्हाई
ना कोइल के कुहू कुहू बा
ना मुर्गा के बांग
बस बा त कागज के फूल
कागज के माला
कहीं छोटका त कहीं बड़का नाला
तितली के बदले उड़ेले माछी
भिनभिनात / घीन बाटत
बज बज नाली के बदबू
बुझाता/ लील गइल
भाव के ख़ुशबू
मुर्गा के बांग / आ टांग लोग खा रहल बा
एही में का रहन सहन के सुख
पा रहल बा ?
शहरी बाबू लोग बिना चिकन-मटन के
खात नइखे
बिना दारू के नहात नइखे
हवास बा/ तनिके में चान छुवे के
कुछुवो नइखे होखत त
नेतागिरी के सहारा बा
धोखा के गड़हा में सबका के गिरा के
अपने अगुवाए के बा/ हिरअराए के बा
भले केहू मरो/ आपन पेट त भरो
अपनापन मुर्गे नीयर कटा गइल
बाबूजी छोटका में माई बड़का में
रहिहें/ खइहे
बाकिर अपना मन से कतही
ना जइहें
इहे शहरी जिनिगी के हाल बा
कमाल बा / आ हमनी के बूझत बानी
इहे सुख ह/ ना जानी इ विचार
कहाँ ले जाई / का करी
आ आदमी एही में अझुराइल / कबले ले मरीं
Subscribe to:
Post Comments (Atom)

संतोष भाई, रउआ गाँव के सरल अउर शुद्ध जिनगी के तुलना शहर के भाग दौड़ वाला जिनिगी से बहुत नीमन से कईले बानी, अब का कहल जाव , शहर के चकाचैंह कुछ अइसन बा कि गाँव के लोग भी वोह में भुला जाता अउर अपने आप के ही भुला जात बा, बहुत ही नीक रचना बा, बधाई सवीकार करी |
ReplyDeleteअपनापन मुर्गे नीयन कटा गइल
ReplyDeleteबाबूजी छोटका में माई बड़का में
बंटा गईल
बहुत बढ़िया संतोष जी
संतोषजी बहुत ही नीक रचना बा, बधाई स्वीकार करी |
ReplyDeletedhanyabad, raua sabhe ke...
ReplyDeleteबहुत बढिया भइया
ReplyDelete